प्रेम विद्रोही हो गइलें रवि किशन

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन एह घरी मुंबई छोड़ लखनऊ में प्रेम विद्रोही बनल बइठल बाड़ें. रवि किशन के प्रेम विद्रोही बनावे के जिम्मेवार बाड़ें निर्माता अंजनी उपाध्याय आ निर्देशक सनोज मिश्रा. अब सवाल उठऽता कि रवि किशन आखिर केकरा प्रेम में विद्रोही बनल बाड़ें, जान लीं कि ऊह बाला के नाम हऽ संगीता तिवारी.

पुरवैया इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत फिल्म प्रेम विद्रोही के शूटिंग आजुकाल्हु लखनऊ में चलत बा. एह फिल्म में रवि किशन आ संगीता तिवारी के अलावा सुरेन्द्र पाल अउर अवधेश मिश्रा मुख्य भूमिका में बाड़ें. रविकिशन बतावत बाड़ें कि ई फिल्म उत्तर प्रदेश आ बिहार के राजनीति पर केन्द्रित बा जवना में आरक्षण आ जाति आधारित राजनीति के बखूबी फिल्मावल जात बाॆ एकर स्टार्ट टू फिनिश शूटिंग लखनऊए में होखी.

आजुकाल्हु चुनले चानल भोजपुरी फिलिम करे वाला रवि किशन के आवे वाली फिलिमन में दयाल निहलानी के छपरा के प्रेम कहानी, साली बड़ी सतावेली, अग्नियुद्ध, धुरंधर वगैरह शामिल बा.


(उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment