प्लस टू शिक्षकन के बहाली आदेश 30 अगस्त के जारी होखी

बिहार में प्लस टू शिक्षक लोग के बहाल करे ला 11 जून से 10 जुलाई का बीच अभ्यर्थियन से आवेदन लिहल जाई. आ ओकरा बाद दस जुलाई से तीस अगस्त का बीच बहाली के सगरी प्रक्रिया पूरा कर लिहल जाई. अभ्यर्थियन के मेरिट लिस्ट अनुमोदित हो गइला का बाद चुनाइल अभ्यर्थियन के बहाली के चिट्ठी जारी कइल जाई.

उच्च माध्यमिक शिक्षक पात्रता परीक्षा (एसटीइटी पेपर टू) में उत्तीर्ण अभ्यर्थीए एह बहाली ला संबंधित नियोजन इकाईयन में आवेदन जमा करीहें. एसटीइटी पेपर टू में 20 हजार अभ्यर्थी उत्तीर्ण भइल बाड़ें जवना में से करीब एगारहे हजार लोग प्रशिक्षित बा. फिलहाल खाली प्रशिक्षिते अभ्यर्थियन के बहाली पत्र दिहल जाई. बाद में राष्ट्रीय अध्यापक शिक्षा परिषद (एनसीटीइ) से अनुमति मिलला का बाद अप्रशिक्षित अभ्यर्थियन के बहाल कइल जाई.

बतावल जात बा कि उच्च माध्यमिक शिक्षकन के कुल 52 हजार पद खाली बा. एहसे बाकी बचल पद पर बहाली ला फेर से इम्तिहान लिहल जाई.

एह बीच पंचायत शिक्षकन (प्राथमिक) के बहाली चिट्ठी आजु जारी होखे वाला बा. एह में पचास हजार से अधिका शिक्षकब के बहाली होखे वाला बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।