पढ़ीह लिखीह कवनो भाषा बतियइह भोजपुरी में

पिछला अतवार के सिवान जिला के जीरादेई में भोजपुरी स्वाभिमान सम्मेलन के आयोजन रहे. सम्मेलन अइसन भइल कि बूढ़ पुरनियन के कहना रहे कि जीरादेई में अइसनका समारोह आजादी का बाद से आजु ले ना भइल रहे. कार्यक्रम डा॰ राजेन्द्र बाबू का जयन्ती में आयोजित रहे आ आयोजन कइलसि भोजपुरियन के सबले बड़का इंटरनेट नेटवर्क जय भोजपुरिया. भोजपुरिया डॉट कॉम के संचालक सुधीर कुमार, आ जय भोजपुरिया के सदस्यन, नवीन सिंह परमार, वीरेन्द्र सिंह, तिलकधारी यादव, तहसीलदार सिंह, पंकज सिंह, जिला पार्षद लालबाबू साह, सुरेन्द्र चौबे, सत्येन्द्र सिंह, अश्वनी दुबे समेत देश विदेश से आइल प्रतिनिधि एह आयोजन में शामिल भइलें. कवि आ गायक लोग के मौजूदगी से समारोह बहुते प्रभावी रहल. भरत शर्मा के गायकी सभकर मन मोह लिहलसि, खास कर के उनकर गीत “पढ़ीह लिखीह कवनो भाषा बतियइह भोजपुरी में” सुन के लोग खुशी से नाच उठल.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।