पढ़ीह लिखीह कवनो भाषा बतियइह भोजपुरी में

पिछला अतवार के सिवान जिला के जीरादेई में भोजपुरी स्वाभिमान सम्मेलन के आयोजन रहे. सम्मेलन अइसन भइल कि बूढ़ पुरनियन के कहना रहे कि जीरादेई में अइसनका समारोह आजादी का बाद से आजु ले ना भइल रहे. कार्यक्रम डा॰ राजेन्द्र बाबू का जयन्ती में आयोजित रहे आ आयोजन कइलसि भोजपुरियन के सबले बड़का इंटरनेट नेटवर्क जय भोजपुरिया. भोजपुरिया डॉट कॉम के संचालक सुधीर कुमार, आ जय भोजपुरिया के सदस्यन, नवीन सिंह परमार, वीरेन्द्र सिंह, तिलकधारी यादव, तहसीलदार सिंह, पंकज सिंह, जिला पार्षद लालबाबू साह, सुरेन्द्र चौबे, सत्येन्द्र सिंह, अश्वनी दुबे समेत देश विदेश से आइल प्रतिनिधि एह आयोजन में शामिल भइलें. कवि आ गायक लोग के मौजूदगी से समारोह बहुते प्रभावी रहल. भरत शर्मा के गायकी सभकर मन मोह लिहलसि, खास कर के उनकर गीत “पढ़ीह लिखीह कवनो भाषा बतियइह भोजपुरी में” सुन के लोग खुशी से नाच उठल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *