फँस गइले प्रेम – 1

– रासबिहारी गिरी

नमस्कार !
RasBihriGiri
एगो कहानी हमरा मन में बहुत दिन से घुमत रहुए. कहानी वोह समय के ह जब हम बहुत छोट रहनी, आ हम आपन बाबूजी आउर माई से सुनत रहनी. जब हम फिलिम में काम करे लगनी त ई कहानी हमके परेशान करे लागल. हमरा गाव में एगो दुलहा पिटाइल रहे. ओह कहानी पर हम जबो बात करीं केहु न केहु ई कह देव कि कहानी चली ना, आउर हम आगे बढे से रुक जात रहीं.

बाकिर हमार हौसला बढ़ल “बी डी ओ साहेब” के शूटिंग के दौरान अशोक अखौरी से बातचीत कर के. उहाँ के कहनीं कि अबहीं मार धाड़ के बीच एगो सामाजिक फिल्म आई त लोग जरूर पसंद करी. फिलिम के नाम राखे पर बिचार भइल त हम कहनी कि फिलिम के नाम रखाई ‘लतखोर दूल्हा’. उहाँ से कोलकाता अइला के बाद पप्पू बाबू यानि पप्पू भारती से बात भइल. उँहो के कहानी कुछ खास ना लागल. तबहियें खबर आइल कि खेसारी लाल यादव के “लतखोर” फिलिम बनत बा. मन में आइल कि अब अपना फिलिम के नामो बदले के पड़ी. पप्पू बाबू से फेरू बात भइल त ऊ कुछ बदलाव के बाद काम करे पर तइयार हो गइले. जादूगर घनश्याम मिश्रा जी हमेशा हमार साथ दिहले. अब कहानी अपना लगे रहे. ओकरा स्क्रिप्ट पर काम होखे लागल. संगे संगे बजट बनल जवन 38 लाख के आस पास भइल.

एकरा बाद हम, पप्पू बाबू, आ अरविन्द तीन आदमी रांची गइनीं सँ लोकेशन देखे. अब अरविन्द संगे नइखन. रांची में अशोक अखौरी जी आइल रहनी. होटल में कहानी पर चर्चा भइल आउर उँहा के एह फिलिम में एगो किरदार करे ला तइयार हो गइनीं. बाकिर दुर्भाग्यबस उँहा के एह फिलिम में काम कर ना पवनी. फेरू कुणाल सिंह जी से बात भइल आ उँहो के तइयार हो गइनी. कुणाल जी सहयोग बहुत कइनी एहपर. हम उँहा के हमेशा आभारी रहब.

लवट के हमनी कोलकाता अइनी सँ. एहि बीच छपरा जाए के मौका मिलल. उहाँ भाई कृष्ण मोहन सिंह जी से बात भइल आउर ई प्लान बन गइल कि शूटिंग छपरा आ ओकरा अगल बगल करावल जाई. कोलकाता अइला के बाद हीरो हीरोइन के चुनाव होखे लागल आ हम पईसा जोगार करे के चक्कर में पड़ गइनी.

हमरा एगो पार्टनर मिललें 40 फीसदी लगावे ला बाकी 60 फीसदी हमार रहे वाला रहे. कलाकार बने ला बहुते लइका लइकी आइल लोग. एहमें से हीरो खातिर कुमार हेमंत, हीरोइन खातिर बॉबी प्रवीण, आ एगो किरदार ला प्रेम सिंह के चुनल गइल. हेमंत बहुत बढ़िया डांसर बाड़न. एकरा बाद बिजय राय, प्रतिभा सिंह जी, साहिबा हासमी, अनुराधा जोशी, अमित वर्मा, संजीत गिरी, अली अकबर, जीतू सिंह, मुकुल यादव वगैरह बहुते लोग जुड़त चल गइल.

एह बीच कंपनी के नाम आ फिलिम के नाम रजिस्टर हो गइल. अब फिलिम के नाम नाम धराइल “फंस गइले प्रेम”. एकर शूटिंग पर डेट निर्धारित भइल 5 अक्टूबर 2014. (क्रमश:)


रासबिहारी गिरी,
स्वत्वाधिकारी, एनसीएस फिल्म्स
मोबाइल – 9331023029 / 9433568612 / 8100768612

11 Comments

  1. rash bihari ravi

    dhanyvad sir

    Reply
      • rash bihari ravi

        dhanyawad rahul bhai

        Reply
  2. Sunil kumar dubey

    Bahut sunder maharaaj,
    Bhagwaan kare aap ayi sahi age badhat rahi.
    Jay Ho

    Reply
    • rash bihari ravi

      dhanyawad sunil ji rauaa log ke pyar hi ba ki himmat milat ba

      Reply
  3. Krishna mohan

    Mast ba

    Reply
    • rash bihari ravi

      dhanyawad sir

      Reply
  4. raj kishor

    बहुत ही सुन्दर सोच .सुपर फिल्म .जय हो

    Reply
    • rash bihari ravi

      dhanyawad raj kishor ji

      Reply
  5. Mritunjay Kumar giri

    Prayash bahut acha ba

    Reply
    • rash bihari ravi

      pranam

      Reply

Leave a Reply to Mritunjay Kumar giri Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *