फंल व्यवसायी के बेटा के गोली मार के हत्या

काल्हु देर रात वाराणसी का लंका इलाका में कुछ लोग भेलुपुर इलाका के सराय नन्दन निवासी फल व्यवसायी झन्नालाल सोनकर के बेटा सुनील सोनकर के गोली मार के हत्या कर दीहल गइल.
पुलिस बतावत बिया कि सुनील रात करीब दस बहे कवनो काम से मोटरसाइकिल से कौशलेश नगर कालोनी गइल रहल जब कुछ लोग ओकरा के गोली मार दीहल.
के मारल, काहे मारल के पता अबहीं नइखे चलल. पुलिस तहकीकात में लागल बिया.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।