फर्जी प्रबंधक बनिके मुआवजा हड़पलसि

मऊ,16 मार्च (वार्ता). दोहरीघाट इलाका के एगो विद्यालय के फर्जी प्रबंधक बनि के विद्यालय के अधिग्रहण कइल गइल जमीन का एवज में मिलल मुआवजा बैंक में जमा एक करोड़ एक लाख 40 हजार रुपिया निकाल ले गइल एगो धोखेबाज.

पुलिस बतावत बिया कि एह मामिला में आरोपी फर्जी प्रबंधक समेत छह जने का खिलाफ गबन के मुकदमा दर्ज क लीहल गइल बा.

दोहरीघाट इलाका के ब्रह्म बाबा जूनियर हाई स्कूल हेमइ के भवन के फोरलेन में अधिग्रहण हो गइल रहल आ एही खातिर विद्यालय के करीब डेढ़ बीघा जमीन आ भवन के मुआवजा के रूप में 1 करोड़ 1 लाख 40 हजार रुपिया जिला मुख्यालय के कारपोरेशन बैंक में विद्यालय के खाता में जमा कइल गइल रहुवे.

एही बीचे फर्जी प्रबंधक बनि के बबलू मौर्या नामके एगो आदमी पिछला साल नवंबरे में मुआवजा के रकम अलग-अलग तारीखन में निकाल लिहलसि. शक भइला पर बैंक प्रबंधक एकर जाँच करवलन त पता चलल कि बैंक से पैसा उठावे वाला आदमी ओह विद्यालय के प्रबंधक ना ह. आ विद्यालय प्रबंधक शिवधनी सिंह हउवन. तब बैंक प्रबंधक जिलाधिकारी से एकर शिकायत कइलन.

जनवरी 2018 में ई मामिला उजागर भइला पर सीओ घोसी अरशद जमाल सिद्दीकी एकर जाँच कइलन आ उनुके रिपोर्ट का आधार पर पुलिस एह मामिला के बुध का दिने दर्ज क लिहलसि. एहमें फर्जी प्रबंधक आजमगढ़ जिला के शहर कोतवाली इलाका के जमीन फरेंदा नारायणपुर गांव के रहे वाला बबलू मोर्य, आ ओकरा साथियन चंद्रजीत चौहान, अश्वनी गुप्ता, सच्चिदानंद राय, गोरख प्रसाद के नामजद कइल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।