भदोही में ट्रेन से कटि के अधेड़ के मौत
-

(फाइल फोटो)

भदोही, 16 मार्च (वार्ता). भदोही के वाराणसी-जंघई रेलखंड पर इंदिरामिल रेलवे क्रासिंग का लगे एगो मालगाड़ी से कटा के एगो अधेड़ के मौत हो गइल.

पुलिस लाश के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम ला भेज दिहले बिया. बतावल जात बा कि रेवड़ा परसपुर गांव के रहेवाला चन्द्रबली (45) काल्हु साँझ घर से चलल रहलें. देर राति इंदिरा मिल रेलवे क्रासिंग का लगे रेलवे ट्रैक पार करत घरी बनारस से भदोही का तरफ आवत मालगाड़ी से कटा गइलें आ उनुकर मौत ठाँवे पर हो गउवे.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..