फहीम खान के सुलझल निर्देशक बतवली नायिका प्रिया शर्मा

भोजपुरी के चर्चित अभिनेत्री प्रिया शर्मा ले कहना बा कि फहीम खान का निर्देशन में बनत भोजपुरी फिल्म “दिल त पागल होला” एह साल के सुपर हिट फिल्म साबित होखी. निर्देशक फहीम खान के ई दुसरकी फिलिम हवे. एहसे पहिले ऊ सुपरहिट फिल्म “फूल बनल अंगार” से निर्देशन का क्षेत्र में एगो उपलब्धि हासिल कइले रहले.

अभिनेत्री प्रिया शर्मा फहीम खान के सुलझल निर्देशक बतावत कहली कि उनुका साशे काम कइल बहुते नीक लागल. अपना सेक्सी अवतार खातिर मशहूर नया जमाना के अभिनेत्री प्रिया शर्मा के मानना बा कि सिनेमा में तकनीक का साथे बदलावो आइल बा आ आजु के दौर में बहुते नीमन फिलिम बने लागल बावे. हालांकि कुछ निर्माता-निर्देशक भोजपुरी में कुड़ा-कचरा करके रखले बाड़. कहली कि अगर भोजपुरी के जिन्दा राखे के बा त नीमन फिलिम बनावे के पड़ी.


(दिनेश यादव के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..