फिरकावाराना दंगा रोके वाला विधेयक ला कांग्रेस गभीर नइखे, कहलसि माले

पटना 30 अक्टूबर (वार्ता) भाकपा माले के राष्ट्रीय महासचिव दीपंकर भट्टाचार्या पटना में खबरदार रैली में बोलत कांग्रेस प आरोप लगवलन कि कांग्रेस नेतृत्व वाली संप्रग सरकार फिरकावारान दंगा रोके वाला विधेयक संसद से पार करावे ला गंभीर नइखे. एह चलते देश में फिरकावाराना वारदात रोके में दिक्कत होखत बा. फिरकापरस्त ताकत हालात बिगाड़े में लागल बाड़ी सँ.

कहलन कि दिल्ली मे भइल फिरकावाराना रैली में जदयू के बोलवला के जरुरत ना रहे. काहे कि नीतीश कुमार सतरह साल ले भाजपा के गोदी में खेलले आ अब अपना के सेकूलर बतावे में लागल बाड़े. कहलन कि जदयू का जगहा राजद आ लोजपा के बोलावल चाहत रहे.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।