फिलिमी अखाड़ा में कूदलन बिहार बसपा के प्रभारी ददन पहलवान

manoj-tiwari-gamchaबिहार में मायावती के सिपहसालार, बसपा प्रभारी, चर्चित राजनैतिक हस्ती, आ मंत्री रह चुकल ददन यादव उर्फ ददन पहलवानो अब फिलिम बनावे में आपन हाथ अजमइहें. अपना पहिलका फिलिम ‘मुकाबला’ ला ददन पहलवान सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी के साईन कइले बाड़न. एह फिलिम के निर्माण ददन पहलवान भोजपुरी के मशहूर फिल्म निर्माण कंपनी आदि शक्ति इंटरटेनमेंट संगे मिल के करीहें.

जानल मानल फाइनेंसर दुर्गा प्रसाद मजूमदार के कंपनी आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के सफल फिलिमन के फैक्ट्री मानल जाला. ददन यादव आ आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के एह भोजपुरी फिलिम में मनोज तिवारी, सम्राट के. अनिल, सुशील सिंह, आ चर्चित लोक गायक राकेश मिश्रा मुख्य भूमिका में रहीहें. एकर शूटिंग मुंबई समेत अनेके जगहन पर कइल जाई. फिलिम के तकनीकी टीम आ बाकी जानकारी जल्दिए बतावल जाई.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment