फिलिम ना भइल लाटरी के टिकट हो गइल

Producer-with-RaniChatterjeeभोजपुरी सिनेमा के दुर्भाग्ये कहल जाई कि एकर निर्माता निर्देशक बढ़िया फिलिम मेकिंग ना कर के अपना कमी के दोसरा तरह से तोपे झाँपे के कोशिश करत रहेला. फिलिम के कहानी, कलाकारन के कलाकारी, निर्देशक के कौशल, गीत संगीत के सुमधुरता पर धेयान ना दे के कवनो ना कवनो तरह फिलिम के सफल करावे के जुगत भिड़ावत रहेला लोग.

फिलिम पीआरओ रामचंद्र के मिलल एगो पोस्ट हमरा के मजबूर क दिहलसि कि चलऽ अबकि बेर ‘ले दही’ ना कर के कुछ टेढ़ बतिया लिहल जाव. लिखले बाड़न कि भोजपुरी फिलिम ‘एक लैला तीन छैला’ के निर्माता फिलिम देखे आवे वाला लोगन के ललचावे ला तरह तरह के इनामन के एलान कइले बाड़न. पता ना शायद उनका मालूम होखी बाकिर हमरा त याद नइखे कि कवनो फिलिम एह तरह का नौटंकी का बल प सफल भइल रहे.

बतावल जात बा कि फिलिम 22 अगस्त के बिहार में रिलीज होखी आ एकर भौकाल बनावे का कोशिश में निर्माता मुकेश साहनी मुंबई के गोरेगाँव फिल्म सिटी में म्यूजिक लॉन्चिंग का मौका पर इनाम में मिले वाली कार आ बाइक मीडिया के देखवलन. बतवलन कि सगरी दर्शकन के टिकट का संगे एगो लकी कूपनो दिहल जाई. पहिला विजेता के कार आ दुसरका के बाइक दिहल जाई. कुछ अउरियो दर्शकन के सैकड़ो इनाम दिहल जाई.

एह फिलिम के निर्देशक हउवन हैरी फर्नाण्डिज. कार्यकारी निर्माता अतिन दूबे, लेखक लालजी यादव, संगीतकार छोटे बाबा, गीतकार अशोक सिन्हा, प्रेम सागर, फणीन्द्र राव आ जीतेन्द्र मिर्ज़ापुरी, सिनेमाटोग्राफर गौरांग सहा, मारधाड़ निर्देशक दिलीप यादव, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, कला निर्देशक प्रदीप कुमार झा, प्रोडक्शन डिजाईनर मोहन भिंगी, निर्माण प्रबंधक अजय सिंह (अज्जू ), आशीष यादव, विमल तिवारी, अब्दुल सिद्दिकी आ रंगलाल निषाद, संकलनकर्ता गोविन्द दूबे हउवन.

कलाकारन में रानी चटर्जी, अरविन्द अकेला कल्लू, राकेश मिश्रा, धर्मेश मिश्रा, राजू श्रेष्ठा, के के गोस्वामी, सी पी भट्ट, अनूप अरोरा, रिन्कू घोष, पुष्पा वर्मा, सीमा सिंह, मेहनाज़ शर्राफ, बालगोविन्द बंजारा, साहिल शेख, बालेश्वर सिंह आ संजय पाण्डेय शामिल बाड़े.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *