फिल्मोफेयर क नजर में ‘निरहुआ’ बाड़ें नं॰ वन

हालही में देश के मशहूर सिने पत्रिका फिल्मफेयर अपना अंक में भोजपुरी सितारा दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ के भोजपुरी के नं0-1 सितारा करार दिहले बिया. फिल्मफेयर का जुलाई अंक में छपल निरहुआ पर आलेख में निरहुआ के भोजपुरी सिनेमा के सबले वांटेड आ महंग स्टार बतवले बिया. फिल्म फेयर का नजर में निरहुआ के सफलता का जड़ में आम आदमी के उनुका में आपन छवि निहारल बतावल गइल बा.

निरहुआ पर प्रकाशित एह विशेष आलेख में निरहुआ के संघर्षमय जीवन आ कैरियर के कहानी बतावल गइल बा. एह आलेख का जरिए दिनेशलाल यादव राजनीति में उतरे के एलानो कइले बाड़न कहले बाड़न कि ऊ भोजपुरी फिल्मोद्योग के पसार आ बढ़न्ती खातिर राजनीति में उतरीहें आ सरकार से आपन माँग रखीहें.

एह पत्रिका से पहिले हाल ही में इंडिया टूडे इ दी टाईम्स ऑफ इंडिया अखबारो में निरहुआ के भोजपुरी के सबले बड़का सितारा बतावल जा चुकल बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।