फिल्म ’’कालिया’’ के खलनायक बालेश्वर सिंह

बहुचर्चित भोजपुरी फिल्म ‘कालिया‘ जेकर निर्माण भोजपुरी मशहूर अभिनेता हैदर काजमी करत बाड़े आ लेखक-निर्देशक शिवराम यादव हउवें, में मुख्य खलनायक के किरदार बालेश्वर सिंह करीहें. बालेश्वर सिंह के कहना बा कि “कालिया” उनुका करियर खातिर मील के पत्थर साबित होखी. निर्देशक शिवराम यादव के कहना बा कि एह फिल्म में नायक हैदर काजमी आ खलनायक बालेश्वर सिंह के कैमिस्ट्री दर्शकन के बहुते बढ़िया लागी.

बालेश्वर सिंह के दोसर फिलिमन में ‘रूपिया के बोल बाला’, ‘गरदा उड़ा देब’, ‘‘बुलन्दी’, ‘हम मस्ताने’ वगैरह रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ. बालेश्वर “दिल ले गईल ओढनिया वाली” फिलिमो में बतौर खलनायक नजर अइहे. एह फिलिम के शूटिंग मुंबई में जोर-शोर से चलत बा.


(अपना न्यूज के रपट से)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..