फिल्म फौजी के स्पेशल स्क्रीनिंग


पिछला दिने उदित नारायण, कुमार अन्ना, के रामजी सिंह, अझय सिंह वगैरह का मौजूदगी में डी॰एस॰ फिल्म्स इन्टरटेनमेंट के बनावल भोजपुरी फिल्म “फौजी” के खास स्क्रीनिंग करावल गइल. फिल्म के खास कलाकारन में नवोदित अभिनेता शिवम तिवारी, रानी चटर्जी, मनोज टाइगर, विनय बिहारी, प्रिया शर्मा, सधीर दलवी, माया यादव, दीपक भाटिया, समीर शेखम संजु श्रीवास्तव, आ मेहमान भूमिका में सुदीप पाण्डेय के नाम शामिल बा. फिल्म के निर्देशन पराग पाटिल कइले बाड़न आ संगीत राज सेन आर पी ठाकुर के बा. बिहार आ पंजाब में फिल्म जल्दिये रिलीज होखे जा रहल बिया.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..