फीस से अधिका लिहला का खिलाफ छपरा में आगजनी आ सड़क जाम

छपरा जगदम कालेज में स्नातक में दाखिला खातिर फीस से अधिका रुपिया लिहला का खिलाफ विद्यार्थी बियफे का दिन में नगरपालिका चौक पर टायर वगैरह जरा के सड़क जाम कर दिहलन. लड़िकन के शिकायत रहे कि स्नातक में दाखिला में छह सौ से सात सौ रुपिया ले नाजायज वसूलत जात बा जवन तय फीस से अधिका बा आ एह वसूली के कवनो रसीदो नइखे दिहल जात. कुछ देर हंगामा रहला का बाद पुलिस चहुँपल आ विद्यार्थियन के समुझा बुझा के जाम हटवलसि.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।