"फूल और काँटे" के मिलल सफलता

PhoolNkaante15 मार्च से बिहार में रिलीज भइल फिलिम ” एगो प्रेमा कथा – फूल और कांटे” के निकहा सफलता मिलल बा. माँ शारदा फिल्म प्रोडक्शन आ साईं विजय फिल्म्स के एह परोसा में मुख्य भूमिका निभावत सिवान के प्रिंस सिहं राजपूत आ मुजफ्फरपुर के पलक तिवारी जहवें जात बाड़ें तवहें भीड़ जुट जात बा. हर जगह सिनेमाप्रेमियन के भीड़ बिटोरा जात बा. मासूम लउके वाला ई प्रेमी जोड़ा अपना अदाकारी से सभकर मन मोह लिहले बाड़ें. फिलिम के प्रोमोशन में ई जोड़ा जवने सिनेमाघर में पहुँचत बा तवहें लोग नाचे-झूमे लागत बा.

एह फिलिम के निर्माता विजय कुमार साह आ ज्ञान्ति देवी, निर्देशक अजय यादव, लेखक अरविन्द तिवारी, गीतकार विनय बिहारी आ अरविन्द तिवारी, संगीतकार अमन श्लोक, छायांकनकर्ता राजेश कनौजिया, तकनीकि निर्देशक सत्या दूबे, नृत्य निर्देशक ज्ञान सिंह, मारधाड़ निर्देशक फिरोज पठान, आ संकलनकर्ता धरम सोनी आ नगेंदर हउवें.


(अपना न्यूज़)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।