फूहड़ सनीमा जीतलसि दर्शकन के दिल

PhooharSanima2सिनेमा भोजपुरी में अबले के सबले बोल्ड फिलिम “फूहड़ सनीमा” के डंका आजकाल्हु बिहार के सिनेमाघरन में बाजत बा. बहुमुखी अभिनेता अजय दीक्षित आ ग्लेमर क्वीन अर्चना सिंह अभिनीत एह फिलिम के निर्देशक हउवें ब्रज भूषण.

पिछला हफ्ता जब एकरा के बिहार में रिलीज़ कइल गइल त एकरा प्रोमोशन में अजय दीक्षित आ अर्चना सिंह बढ़ चढ़ के शामिल भइलें. नतीजा भइल कि जहवाँ जहवाँ ई फिलिम लागल सगरो दर्शक एकरा के माथे उठा लिहलें.

“फूहड़ सिनेमा” के कहानी एगो अइसन निर्देशक के बा जे बढ़िया फिलिम बनावत बा, ओकरा अवार्डो मिलत बा बाकिर उनुका फिलिमन से दर्शक गायब होखे लागत बाड़न, एह चलते निर्देशक के निर्माता लोगन के नाराजगी झेले के पड़त बा. हार थाक के निर्देशक एगो गन्दा फिलिम बनावत बा जवन सुपर हिट हो जाता. फिलिम त हिट हो जात बा बाकिर निर्देशक के आपन पारिवारिक आ सामाजिक जीवन बरबाद हो जात बा.

एह फिलिम के जल्दिए देश के दोसरो टेरीटरी में रिलीज कइल जाई.


(उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।