फेफना इलाका के सड़क दुरुस्त करावे ला विधायक निधि देबे ला तइयार

अपना विधानसभा इलाका के सड़कन के हालत जर्जर देख जब भाजपा विधायक उपेन्द्र तिवारी लोकनिर्माण विभाग के अधिशासी अभियन्ता से बतियवले त बतावल गइल कि निधि का अभाव में काम नइखे करावल जा पावत. एह बात पर विधायक उपेन्द्र तिवारी तब मुख्य विकास अधिकारी के पत्र लिख के दिहलें कि उनुका विधायक निधि से रुपिया निकाल के एह सड़कन के मरम्मत करा दिहल जाव. विधायक के पत्र मिलला का बाद सीडीओ साहेब एक्सइएन के फोन कर के फटकरले आ एक हफ्ता का भीतर सगरी काम करा देबे के निर्देश दिहलें.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..