फेफना इलाका के सड़क दुरुस्त करावे ला विधायक निधि देबे ला तइयार

अपना विधानसभा इलाका के सड़कन के हालत जर्जर देख जब भाजपा विधायक उपेन्द्र तिवारी लोकनिर्माण विभाग के अधिशासी अभियन्ता से बतियवले त बतावल गइल कि निधि का अभाव में काम नइखे करावल जा पावत. एह बात पर विधायक उपेन्द्र तिवारी तब मुख्य विकास अधिकारी के पत्र लिख के दिहलें कि उनुका विधायक निधि से रुपिया निकाल के एह सड़कन के मरम्मत करा दिहल जाव. विधायक के पत्र मिलला का बाद सीडीओ साहेब एक्सइएन के फोन कर के फटकरले आ एक हफ्ता का भीतर सगरी काम करा देबे के निर्देश दिहलें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।