फैजाबाद वाराणसी रेलखंड पर कई घंटा ले आवाजाही ठप

एगो मालगाड़ी पटरी से उतरला का चलते काल्हु फैजाबाद वाराणसी रेलखंड पर देर ले गाड़ियन के आवाजाही बंद रहल. एह चलते फरक्का एक्सप्रेस समेत अनेके गाड़ियन के रूट बदल के चलावल गइल. दूरवाला सवारियन के त देरिए हो के रहि गइल बाकिर बीच के सवारियन के ढेरे फजीहत हो गइल. बाद में गिरल मालगाड़ी हटा के आवाजाही शुरु करा दिहल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।