फौजी चौदह अक्टूबर के मुंबई में रिलीज होखी


बिहार में अपना सफलता के झंडा गाड़ चुकल “फौजी” के मुंबई में पन्द्रह गो थियेटर में रिलीज कइल जा रहल बा. मुंबई में फिल्म के वितरक बाड़े श्रीनाथ जी प्रोडक्शन के राजेश सिंह. पराग पाटील के निर्देशन में बनल एह फिल्म के कहानी आ पटकथा पराग पाटिल लिखले बाड़े, आ संवाद जितेन्द्र सुमन के लिखल ह. संगीत राज सेन आ आरपी ठाकुर के बावे, गीत विनय बिहारी के आ एक्शन मंगल फौजी के बा. नृत्य निर्देशन ओमी के आ कैमरा संचालन जगमिंदर हुण्डाल के हवे. फिल्म के मुख्य कलाकार हउवें शिवम तिवारी, रानी चटर्जी, मनोज टाइगर, सुधीर दली, समीर शेख वगैरह.


(स्रोत समरजीत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।