बंगाल वाली माल पवन सिंह के ले डूबल

करनी के फल देर सबेर भरहीं के पड़ेला

भोजपुरी सिनेमा आ गीत-गवनई पर श्लील लोग नाक भौंह सिकोड़ते रहेला. आजु मशहूर भोजपुरी गायक पवन सिंह अपने गावल एगो गाना के शिकार हो गइलन.

काल्हुए भाजपा पवन सिंह के लोकसभा चुनाव 2024 मेंं पश्चिम बंगाल के आसनसोल क्षेत्र से आपन उम्मीदवार बनवले रहुवे. पहिले त पवन सिंह बहुते खुशी जाहिर करत लिखलन कि –

शीर्ष नेतृत्व को दिल से धन्यवाद.
मुझे लोकसभा क्षेत्र आसनसोल (पश्चिम बंगाल) से उम्मीदवार बनाए जाने के लिए राष्ट्रीय नेतृत्व भारतीय जनता पार्टी के सभी माननीय महानुभावों का वन्दन चंदन व अभिनंदन करते हैं.

बाकिर आजु का चुनावी मैदान में लड़ेवाली टीमन के वार रुम में सैकड़ों लोग काम कर रहल बा. तुरते पवन सिंह के गावल पुरनका गानन के पुनरीक्षण शुरु हो गइल आ मिल गइल पवने सिंह के गावल एगो गाना – बंगाल वाली माल !

एकरा बाद आवाज उठे लागल कि बंगाल के लड़िकियन आ महिलन के अपमान करे वाला पवन सिंह के भाजपा आपन लोकसभा उम्मीदवार काहे बना दिहलसि.

भाजपा के शीर्ष नेतृत्व बहुते चौकन्ना रहेला. से पवन सिंह के कहल गइल कि चुनाव लड़े से इंकार कर दऽ आ पवन सिंह तुरते अपना एक्स आईडी से ट्वीट कर दिहलन कि –

भारतीय जनता पार्टी के शीर्ष नेतृत्व को दिल से आभार प्रकट करता हु। पार्टी ने मुझ पर विश्वास करके आसनसोल का उम्मीदवार घोषित किया लेकिन किसी कारण वश में आसनसोल से चुनाव नहीं लड़ पाऊंगा…

अब जे पूरा बात नइखे जानत से पवन सिंह के लानत-मलानत करे लागल बा, भाजपो के खिंचाई हो रहल बा कि ऊ बिना पूरा जाँच पड़ताल के उम्मीदवार कइसे बना दिहलसि. खोजे वाला त मनोजो तिवारी आ निरहुआ के गावल अनेके गाना आ रविकिशन पर फिल्मावल – लहंगा उठा देब रिमोट से खोज निकाली. बाकिर पवन सिंह के गाना बंगाल वाली माल के असर आरा हिले, छपरा हिले, से बेसी होखहीं के बा. आरा भा छपरा वाला लोग त पवन सिंह ला पलक पाँवड़ा बिछाइए दी.

खैर रउरो सभ सुन लीं बंगाल वाली माल के गाना –

0 Comments