बंडा गाँव में पाँच जने के हत्या

रोहतास जिला के नौहट्टा थाना के बंडा गाँव में काल्हु नक्सली पाँच आदमी के मौत के घाट उतार दिहले आ बहुते लोग के घवाहिल कर दिहले, कैमूर अंचल विकास परिषद के जिलाध्यक्ष सुग्रीव सिंह खरवार के मकान में आग लगा दिहले सँ. अधिकतर मरे वाला लोग ओही घर के रहे. तीन जने के टाँगी से काट दिहले सँ आ बाकी लोग गोली का बौछार में मारल गइल. घटना के खबर मिलला का बाद पुलिस के बड़का अधिकारी घटना स्थल पर चहुँपले आ नक्सलियन के धर पकड़ खातिर कोशिश जारी बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..