बक्सर के लाल विशाल तिवारी के धमाल

VishalTiwari
पिछला साल के सुपर हिट फिलिम “भाई जी” से बतौर नायक आपन फ़िल्मी करियर शुरू करे वाला अभिनेता विशाल तिवारी अब भोजपुरी सिनेमा के अटूट हिस्सा गइल बाड़न आ दिनोदिन एक से बढ़के एक मजगर किरदार करत जात बाड़ें.

होली का मौका बिहार में रिलीज फिलिम ’चरणों के सौगंध’ के जाँबाज़ पुलिस इंस्पेक्टर बनल विशाल तिवारी के अभिनय के सभे सराहत बा.

जान जाईं जे बक्सर, बिहार के मूल निवासी विशाल तिवारी भोजपुरी सिनेमा नें बतौर निर्माता आइल रहलें आ फिलिम “फूल बनल अंगार” बनवले रहलें. एही फिलिम में यूनिट के दबाव में बतौर अभिनेता एगो छोटहन भूमिको कइले रहलें. एहसे कैमरा फेस करे के आत्मबिश्वास बढ़ल त फिलिम “भाई जी” से विशाल तिवारी पूरा तरह से नायके बन गइलन.

फिलिम चरणों की सौगंध में विशाल तिवारी आ खेसारीलाल यादव के किरदार दीवार फिलिम के शशि कपूर अमिताभ के जोड़ी याद करा देत बा. खेसारी लाल के तारीफ करत विशाल तिवारी के कहना बा कि उनका से बहुते कुछ सीखे के मौका मिलल.

विशाल तिवारी अब “लड़ाई” फिलिम में नजर आवे वाला बाड़न. एकरा के आनंद गहतराज निर्देशित कइले बाड़न.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा, रामचंद्र यादव)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।