बक्सर जिला के जोगिया पंचायत के मुखिया का गाड़ी पर पथराव

काल्हु बक्सर जिला के ब्रह्मपुर इलाका का गरहथा गाँव का लगे जोगिया के मूखिया के स्कार्पियो पर कुछ लोग हमला बोल दिहल आ लाठी डंडा से गाड़ी के थूर दिहल. संजोगे रहल कि गाड़ी में बइठल लोग के चोट ना आइल काहे कि तबले पीछे से आवत पुलिस के गाड़ी हालात पर काबू पा लिहलसि. बतावल जात बा कि पिछला दू दिन से गरहथा आ जोगिया के लोग का बीच झगड़ा होखत बा. मुद्दा बा लड़िकियन से छेड़ छाड़ के. एही मामिला के सझुरावे खातिर मुखिया के थाना बोलावल गइल रहे जहाँ दुनु फरीक के लोग बइठल रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।