बगावत में सुदीप के डबल रोल

धर्मेन्द्र अभिनीत हिन्दी फिल्म बगावत का बाद अब ओही नाम पर बनल भोजपुरी फिलिम “बगावत” में सुदीप पाण्डेय डबल रोल करत बाड़ें. डबल रोल करे में माहिर सुदीप पाण्डेय एहसे पहिले भोजपुरिया दरोगा, मसीहा बाबठ आ मि॰ ताँगेवाला में डबल रोल कर चुकल बाड़ें.

सवाल उठत बा कि डबल रोल काहे? शायद सुदीप कवनो दोसरा स्टार का साथे काम कइल ना चाहसु. सुदीप पाण्डेय के कहना बा कि ऊ भोजपुरी सिनेमा में हर स्टार का साथे काम कर चुकल बाड़े. सिंगल होखी कि डबल एकर फैसला लेखक आ निर्देशक करेलें अभिनेता ना. ऊ त बस आपन काम निकहा कर देबे के कोशिश करेलें. सुदीप बतवलें कि बगावत एगो बढ़िया फिलिम हवे आ उनुका पुरा भरोसा बा कि लोग एकरा के पसंद करी.


(संजय शर्मा राज के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।