बच्चू पाण्डेय खातिर सुदीप अनुबन्धित

SudipPandeyजे एंड एस फिल्म इंटरनेशनल के बैनर में बने जात भोजपुरी फिलिम “बच्चू पाण्डेय” के टाइटिल भूमिका ला अभिनेता सुदीप पाण्डेय के अनुबंधित कर लिहल गइल. निर्देशन सुरेश शंकर करीहन जिनकर निर्देशित पहिलका भोजपुरी फिलिम “शनी बाबा रखीह लाज हमार” जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. एह फिलिम के कहानी बिहार यू पी के पृष्ठभूमि पर बा. एही फिलिम से पंकज गहमरी के फ़िल्मी परदा पर उतारल जात बा. शूटिंग अगिला महीना से कानपुर में कइल जाई. फ़िलहाल एकरा गाना के रिकार्डग मुबंई में होखत बा.

निर्माता जे एंड एस फिल्म इंटरनेशनल, निर्देशक सुरेश शंकर, गीतकार प्यारे लाल यादव अउर फनिन्दर राव, संगीतकार अमन शलोक, नृत्यनिर्देशक संजय कोरबे, आ निर्माण निर्देशक नीतू अग्रवाल हई.

मुख्य कलाकार रहीहें सुदीप पाण्डेय, कल्पना शाह, गिरीश शर्मा, सुमित सरकार, ललितेश झा, तरुण बनर्जी, विजय सक्सेना, नेहा तिवारी आ पंकज गहमरी. .


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..