‘बजरंग’ 18 मई के बिहार में रिलीज होखी

निर्माता जीतेन्द्र प्रताप सिंह के एक्शन फिल्म ‘बजरंग’ 18 मई के बिहार में रिलीज होखी. एहमें भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह आ अक्षरा सिंह के अलावे संजय पांडे, जय सिंह, उमेश सिंह, रमेश दुबे, सीमा सिंह, वैभव राय अउर मास्टर वरुण सिंह के मुख्य भूमिका बा. निर्देशक हवें नंद किशोर महतो। गुरुजी फिल्म्स इंटरनेशनल के बैनर तले बनल एह फिल्म के शूटिंग उत्तर प्रदेश आ बिहार में भइल बा.

निर्माता जितेन्द्र प्रताप सिंह के कहना बा कि एह में एक्शन के साथही रोमांस आ कॉमेडी के भरपूर मसाला बा. निर्देशक नंद किशोर महतो का साथे जितेन्द्र प्रताप सिंह के ई तीसरी फिल्म हवे. एहमें भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह के नया लुक देखे के मिली. खलनायक संजय पांडे के निर्माता जितेन्द्र प्रताप सिंह के कैंप में ई पहिलकी फिलिम हवे.

गीत जहांगीर आरजू, मुन्ना दुबे आ विनोद पासवान के लिखल आ संगीत ओम झा के रचल ह. कहानी संतोष मिश्रा लिखले बाड़न. ‘बजरंग’ के नायिका अक्षरा सिंह एह फिल्म के एगो प्लस प्वाइंट बाड़ी. त अबहिए से तईयार हो जाईं 18 मई, 2012 के ‘बजरंग’ देखे खातिर


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।