बजलऽ ए शंख बाकिर बाबाजी के पदा के

टूजी स्पेक्ट्रम घोटाला का मामिला में आजु भइल छापामारी के बारे में भाजपा के कहना बा कि ई छापा बहुते देर से भइल आ बहुते कम कार्रवाई कहल जाई. भाजपा प्रवक्ता प्रकाश जावेडकर के कहना बा कि सगरी सच्चाई जेपीएसी से सामने आ पाई. दोषियन के आपन करतूत छिपावे के भरपूर मौका मिल चुकल बा. भाजपा अबहियो जेपीसी माँग पर अड़ल बिया. कर्नाटक के मुख्यमंत्री येदियुरप्पा का बारे में सवाल पूछला पर उनकर कहना रहे कि अगर कांग्रेस चाहे त ओहू मामिला के जेपीसी से जाँच करावल जा सकेला आ भाजपा ओकरा खातिर तइयार बिया.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।