बजलऽ ए शंख बाकिर बाबाजी के पदा के

टूजी स्पेक्ट्रम घोटाला का मामिला में आजु भइल छापामारी के बारे में भाजपा के कहना बा कि ई छापा बहुते देर से भइल आ बहुते कम कार्रवाई कहल जाई. भाजपा प्रवक्ता प्रकाश जावेडकर के कहना बा कि सगरी सच्चाई जेपीएसी से सामने आ पाई. दोषियन के आपन करतूत छिपावे के भरपूर मौका मिल चुकल बा. भाजपा अबहियो जेपीसी माँग पर अड़ल बिया. कर्नाटक के मुख्यमंत्री येदियुरप्पा का बारे में सवाल पूछला पर उनकर कहना रहे कि अगर कांग्रेस चाहे त ओहू मामिला के जेपीसी से जाँच करावल जा सकेला आ भाजपा ओकरा खातिर तइयार बिया.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..