बड़का बेटा सीएम, बड़की पतोह सांसद त अब छोटकी पतोह के विधायक बनइहें मुलायम सिंह

साइकिल से चले वाला मास्टर से जिनिगी शुरु करे वाला सपा मुखिया के बढ़िया से मालूम बा कि राजनीति के धंधा में कतना फायदा बा. लोहिया के चेला होखे के दावा करे वाला मुलायम सिंह अपना समाजवादी पार्टी के अपना परिवार के प्राइवेट लिमिटेड कंपनी बना लिहले बाड़न. करीब करीब पूरा परिवारे राजनीति के धंधा में लागल बा. ओतनो पर संतोष नइखे त अब छोटकी पतोह अपर्णा यादवो के लखनऊ कैण्ट विधानसभा सीट से उम्मीदवार घोषित क दीहल गइल बा.
सपा के एगो बड़ नेता आ मुलायम सिंह के भाई काल्हु एकर सूचना जारी कइले बाड़न.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।