बड़े मियाँ त बड़े मियाँ, छोटे मिया सुभान अल्लाह


घोटालाबाज लालू के खानदानो घोटाला करे में लागल बा. बेटा बेटी दामाद सभकर नाम कवनो ना कवनो घाटोलो में आवे लागल बा. जेकर नाम अबले सामने नइखे आइल ऊ एह चलते कि जाँच के आग अबहीं ओकरा ले चहुँपल नइखे.

आजु लालू के बेटी मीसा भारती के करिया धन उज्जर करावे के आरोप में मीसा भारती के चार्टर्ड एकाउंटेंट राजेश अग्रवाल के प्रवर्तन निदेशालय के टीम गिरफ्तार क लिहलसि. अब उनुकर पेशी पटियाला कोर्ट में करावल जाई. ई गिरफ्तारी 8000 करोड़ रूपिय के धनशोधन मामिला में भइल बा. राजेश अग्रवाल प आरोप बा कि ऊ मीसा यादव के कंपनी मिशेल पैकर्स एंड प्रिंटर्स के फर्जी कंपनियन का माध्यम से फर्जी खाता इंट्री करा के करिया धन उज्जर करवलन. राजेश अग्रवाल प अउरियो लोगन से कमीशन लेके एब तरह के काम करावे के आरोप बा.

मीसा का मामिला में एक हजार करोड़ रुपिया के बेनामी संपत्ति के खरीद-फरोख्त के आरोप लागल बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।