बदहाल सडक आ बिजली वगैरह के समस्या ले के गोरखपुर में 16 से आन्दोलन

भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ आजु कहलन कि गोरखपुर महानगर आ जिला के बदहाल सडक. बिजली संकट, इन्सेफलाइटिस से होखत मौत, आ कानून व्यवस्था के खराब हालात का खिलाफ अगिला 16 से 25 सितम्बर ले आन्दोलन चलावल जाई. कहलन कि धन रहला का बावजूद सड़कन के मरम्मत नइखे होखत. पिछला छह महीना से प्रशासन से गोहार लगावल जात बा बाकिर केहू सुनत नइखे. इहे हाल बिजली वालन के बा. बिजली के अनियमित आ अघोषित कटौती से आम जनता पहिलही से तबाह रहल, उपर से घटिया ट्रान्सफार्मरन से जिनिगी अउरि हराम हो गइल बा. दू सौ से अधिका ट्रान्सफार्मर खराब पड़ल बा. अनेके गाँवन में दू दू महीना से बिजली नइखे. एही तरह इन्सेफलाइटिस से होखत मौतन के सिलसिला लगातार जारी बा. एकर रोकथाम आ इलाज के ईमानदार प्रयास नइखे होखत. कानून व्यवस्था के हालत एतना खराब बा कि अपराधी आ माफिया सत्ता के छाँह में बाड़ें आ आमजन के जीयल हराम हो गइल बा.

योगी आदित्यनाथ बतवलन कि 16 से 20 सितम्बर ले जिलाधिकारी कार्यालय पर क्रमिक अनशन होखी, 23 सितम्बर से बदहाल सड़कन कर जन पंचायत लागी आ 24 सितम्बर के दोषी अधिकारियन के घर घेरल जाई. आखिर में 25 सितम्बर के मण्डलायुक्त के घेराव कइल जाई.(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।