‘‘बनारसवाली’’ बन गइली शुभी शर्मा

shubhiसिनेमा भोजपुरी के चर्चित अदाकारा शुभी शर्मा के हाल ही में ‘‘बनारसवाली’’ फिलिम ला साइन कइल गइल बा. सिने विजन के बैनर तले बनत एह फिलिम में शुभी के नायक बाड़न सुपरस्टार पवन सिंह. निर्देशन करीहें शशिकांत दूबे.

बतावल जात बा कि एह पारिवारिक फिलिम में शुभी के भूमिका बहुते दमदार बा.

एकर शूटिंग एही हफ्ता शुरू होखे वाला बा. एकरा अलावे शुभी के पवन सिंह संगे ‘‘वीर बलवान’’ आ प्रवेशलाल संगे ‘‘ टाईगर’’ फिलिम फ्लोर पर बाड़ी सँ.।


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।