बनारस खातिर महायोजना

यूपी सरकार वाराणसी शहर के चउतरफा विकास ला एगो महायोजना के मंजूरी दे दिहलसि. एह योजना मे शहर में चार गो मेट्रो रेल रूट, छह गो बस अड्डा, पन्दह गो रेल ओवरब्रिज आ तीन गो नदीपुल बनावे के बात कहल गइल बा.

ओने आजु दिल्ली में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी वाराणसी के विधायक आ नेता लोग के बोला के वाराणसी आ गंगा के विकास का बारे में चरचा कइलन. वाराणसी वालन के दुनू हाथ में लड्डू आ गइल बा. केन्द्र आ राज्य सरकार में हाराबाजी जइसन लागल बा कि के वाराणसी ला कतना आ का का करे के बात करत बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..