बबन यादव ले आवत बाड़ें ‘सबसे बड़ा मुजरिम’

BabbanYadavबिहार राजद के लोकप्रिय नेता बबन यादव अब भोजपुरी फिलिम में अभिनय करत लउकीहें. माँ सोभारिया फिल्मस् के बैनर तले बनल फिलिम ‘सबसे बड़ा मुजरिम’ से बबन यादव भोजपुरी परदा पर इंट्री मारत बाड़ें. फिलिम में बबन के किरदार एगो भठियारा विधायक के बा. बबन एह फिलिम में ‘आशिकी’ फेम राहुल रॉय संगे दू-दू हाथ कइले बाड़न. साथही बबन यादव अभिनेत्री राखी त्रिपाठी का संगे ठुमका लगावतो नजर अइहें. फिलिम में राहुल राय, योगेन्द्र तिवारी, आनंद ओझा, राखी त्रिपाठी, काजल रघानी, लवी रोहतगी, दीप श्रेष्ठ आ बबन यादव के खास भूमिका बा.

लेखक-निर्देशक धीरज कुमार हउवें. फिलिम के पूरा शूटिंग पटना में भइल बा. निर्माता खुद बबन यादव हउवें. फिलिम एही महीना रिलीज होखे वाली बा.


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।