बबुआ से थाकल गोल अब बबुनी का गोड़ पर

Vadra-Priyankaतीसन बरीस से युपी में अपना खड़ा होखे क जमीन तलाशत कांग्रेसी गोल अब परिवार के बबुनी का गोड़ पर आ गिरल बा. राहुल गाँधी के आजमा के देख चुकल गोल के नयका रणनीतिकार प्रशान्त के योजना का हिसाब से अबकी का यूपी चुनाव में कांग्रेस के नाय पार करावे के जिम्मा अबकी प्रियंका गाँधी के दिहल जाई. कांग्रेस जीतल त वाहवाही बबुनी क् दीहल जाई आ हारल त आपन मूड़ी फोड़वावे के मंजूरी देबे वाली शीला दीक्षित बड़ले बाड़ी.

बाकिर सोचे के बाति बा कि अगर तुरुप के ई पत्ता बाँवे लाग गइल तब का होखी हो सकेला ओकरो खातिर प्रशान्त का लगे कवनो योजना पहिले से बना के राखल होखे. प्रियंका अपना प्रचार के काम क शुरुआत 29 जुलाई के राजधानी लखनऊ से करे वाली बाड़ी. एह सभा में 60 हजार लोग के भीड़ जुटावे क योजना बा. प्रियंका कुल 100 सभा में भाषण दीहें आ लोगो के पता चल जाई कि इनका लगे इन्दिरा गोँधी के सूरत आ स्टाइले भर बा कि कुछ राजनीतिक दमोखम बा.

सोनिया गाँधी के प्रचार अभियान वाराणसी से होखी जहवाँ एक लाख लोग के बिटोर करे के योजना बा. सोनिया के रैली में प्रियंका, राहुल, शीला, अउर राज बब्बरो मौजूद रहीहें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।