बबुरी थाना का लगे जीप गड़हा में गिरल, दस जने घवाहिल

चंदौली जिला के बबुरी थाना का लगे शुक का दुपहरिया में एगो जीप गड़हा में गिर गइल. ड्राइवर एगो स्कूल बस के ओवरटेक करे का फेर में रहुवे जब ई हादसा भइल. जीप के रफ्तार अधिका रहुवे आ बस ओवरटेक करे का फेर में गड़हा में गिर गइल. एगो अउरी दुर्घटना में बाजार से दवाई खरीदे खातिर सैयदराजा इलाका के बिलीया गाँव से साइकिल पर निकलल एगो लड़िका बियफे का साँझ ट्रक से कचरा के मर गइल.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।