बम फोड़ लाखो के संपति लूट ले गइले डकैत

पूर्वी चंपारण जिला के मधुबन इलाका के जोगोलिया गांव मे काल्हु देर रात डकैत एगो घर पर डाका डाल लाखो रुपिया के संपत्ति लूट लीहले आ गाँव में दहशत फइलावे खातिर गोली चलवले आ बम फोड़ले.
पुलिस बतवलसि कि जोगोलिया गांव के चंदन कुमार सिंह का घर मे पन्द्र बीस गो हथियारबंद डकैत रात में घुस गइले आ घर वालन के अपना कब्जा में ले लीहले. एकरा बाद घर में राखल नगदी, गहना, कीमती सामान लूट ले गइले.
एह घर का बाद डकैत बगल में मनीष कुमार सिंहो का घर में घुसल चहले बाकिर तबले गाँव के लोग बिटोराए लागल रहे. तब डकैत गोली चलावत आ बम फोड़त भाग निकलले. एह घटना में केहू के मरला भा घवाहिल होखे के खबर नइखे.
गाँव वालन के आरोप बा कि गाँव से थाना के दूरी महज चार किलोमीटर होखला का बावजूद पुलिस आजु भोर में चहुँपल.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।