बरखा का चलते थावे महोत्सव फीका पड़ गइल

थावे महोत्सव के दुसरका दिने अतवार के रुक रुक के होखत बरखा का चलते सगरी इन्तजाम धइल रह गइल आ ओतना लोग ना चहुँप पावल जतना खातिर इन्तजाम रहुवे. अगल बगल के लोग आ कुछ चारपहिया सवार जरूर चहुपले. कवनो महोत्सव में शामिल होखे पहिला बेर बिहार आइल अनुराधा पौडवाल अपना भजन से दुसरका दिन के कार्यक्रम के शुरुआत कइली. बाद में पत्रकारन से बतियावत पौडवाल कहली कि एह तरह के कार्यक्रम से थावे के माई के नाम पूरा दुनिया में अउरी मशहुर होखी.

थावे के होमगार्ड मैदान में होखत एह कार्यक्रम में प्रदीप कुमार, मनोज कुमार, वंदना शर्मा, नागेन्द्र गुप्ता समेत अनेके कलाकार आपन प्रस्तुति दिहलें.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।