बरखा से सैंकड़ो बोरा धान भींजल

बलिया। जिला में सनीचर के राति में तेज हवा संगे बरखा भइला से राहगीरन के त बहुते परेसानी भइल हा। ढेर क्रय केन्द्रन पर रखल धान से भरल सैकड़ों बोरा भींजि गउअन स। रसड़ा में त्रिपाठी पैलेस पर धान क्रय केन्द्र खुलल बा उहंवा सैकड़न बोरा धान खुला आसमान के नीचे भीजि गइल बाकी केहू ओपर धियान ना देहल ह। विभाग के लापरवाही बहुते बढि़ गइल बा ए तरी राजस्व के नोकसान कइल ठीक ना बा। अधिकारी लोगन के धियान एहि ओर अकर्षित कइल बा।

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।