बरेली हादसा पर यूपी आ केन्द्र एक दोसरा के दोषी ठहरावत बाड़े

मंगल का दिने बरेली में इण्डो तिब्बतन बार्डर पुलिस में भर्ती का सिलसिला में भइल दुर्घटना में दर्जनो अभ्यर्थियन के मौत का मामिला में केन्द्रीय गृह मंत्रालय उत्तरप्रदेश सरकार के आ यूपी सरकार केन्द्र के दोषी ठहरावत बा. यूपी सरकार के कहना बा कि आईटीबीपी जिला प्रशासन के पहिले से बता के ना रखले रहुवे कि एगारह गो राज्य से अभ्यर्थियन के बोलावल गइल बा. ओकरा एकर आशा ना रहुवे कि अतना बड़हन भीड़ जुट जाई. केन्द्रीय गृह मंत्री चिदम्बरम के कहना बा कि यूपी सरकार के सूचना दे दिहल रहुवे. अब दोषी केहू होखे अतना त तय बा कि बदइन्तजामी का चलते अतना बड़ दुर्घटना हो गइल. आ दर्जनो नौजवान असमय काल का गाल में समा गइले.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।