बलमा डेरिंगबाज़ के डबिंग पूरा हो गइल

एस एस सिने वर्ल्ड के बैनर तर बनत फिलिम – बलमा डेरिंगबाज़ – के डबिंग पूरा क लीहल गइल बा. टेक्निकल वर्क का साथही पोस्ट प्रोडक्शन के काम मुंबई के फोएनिक्स ब्रोस स्टूडियो में चेजी से हो रहल बा.
भोजपुरी सिनेमा में बेहतरीन फिलिमन के निर्माण का कड़ी में एगो नटा सोच ले का बनल एह भोजपुरी फिलिम – बलमा डेरिंगबाज़ – महज मनरंजने ना, देखे वालन के विचारो बदले के काम करी. बेजोड़ कहानी वाली ई फिलिम सरप्राईज भरल होखी. एकर शूटिंग उत्तर प्रदेश के जिला आज़मगढ़ के जहानागंज, शाहपुर, बबुरा, मन्दे, समेदा वगैरह रमणीय जगहन पर करावल गइल बा आ एक्शन, इमोशन, ट्रेजडी, अउर कॉमेडी ड्रामा से भरपूर बा.
सिनेप्रेमी अपना परिवार का साथे एह साफ सुथर फिलिम के आनन्द ले सकीहें.
निर्मात्री सोनालिका कुमारी आ निर्माता शरद पाटिल के एह फिलिम के लेखक आ निर्देशक जावेद हाशमी, संगीतकार के. रत्नेश मिश्रा, गीतकार आज़ाद सिंह, अमिताभ रंजन, धनंजय भट्ट अउर श्याम देहाती, छायांकनकर्ता साहिल जे. अंसारी, नृत्य गुरु संतोष सर्वदर्शी, मारधाड़ मास्टर प्रदीप खड़का, आ संकलनकर्ता सुमित सिंह हउवें,
खास खास कलाकार हउवें शुभम तिवारी, सोनालिका कुमारी, अयाज़ खान, बालेश्वर सिंह, पंकज चंद्रा, बबलू खान, आरती भार्गवा, नीलम सिंह, परवेज़ हाशमी, स्वीटी सिंह, अमियकर प्रकाश ठाकुर, जावेद हाशमी, मोहम्मद अली, संजय सिंह, पवन कुमार, श्वेता तिवारी, दिव्या शर्मा, आ बेबी सिंह वगैरह. आइटम सांग त्रिशा खान के बा.


(रामचन्द्र यादव)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।