बलम मोरा कोरा के सुतवईया की रात भर रोवत होईहे ना

screengrab from the video on youtube.com

समर सिंह आ शिल्पी राज के गावल भोजपुरी गीत के वीडियो कुछ दिन पहिलहीं समर सिंह आफिसियल चैनल से यूट्युब पर रिलीज भइल बा. गाना सुन के मन खुश हो गइल. प्रेम रस, श्रृंगार रस रहला का बादो अश्लील रस नइखे आईल. आलोक यादव के लिखल एह गीत के सुर एडीआर आन्न्द अपना संगीत से सजवले बाड़न. वीडियो के निर्देशक आशीष सत्यार्थी आ कोरियोग्राफर अनुज मौर्या हउवें.

वीडियो में समर सिंह आ आस्था सिंह अभिनय कइले बाड़न.

एगो बात जवन हमरा सबले नीक लागल, ऊ ई कि एह गीत के बोलो आफिसियल चैनल पर डालल गइल बा –

रोवत रोवत भीज गईल बा अंसुआ से हई तकिया
केकरा याद में जागत बारू सारी सारी रतिया -2
जेके परदेशवा नाही लागत होई निंदिया जब उ सोवत होईहे ना
बलम मोरा कोरा के सुतवईया कि रात भर रोवत होईहे ना -2
करेजा मोरा कोरा के सुतवईया

बाबू खानी भर खोरा दुधवा पियवले बानी
पालि-पोसि सुग्गा नियन कोरा में जियवले बानी
बड़ी प्यार करेलू तू दुलार करेलू
जागी जागी सारी रतिया भिनुसार करेलू
दिलवा के अगिया अपना दिलवा के भीतरा उ बोवत होईहे ना
सइंया मोरा कोरा के सुतवईया की रात भर रोवत होईहे ना -2
सजन मोरा कोरा के सुतवईया

खाना पानी कुछ नाही उनका घोटात होई
फाटऽता करेजा हाय रे कइसे मुलाकात होई
तनी धीर धरऽ हो ना फिकिर करऽ हो
रोई रोई जनी अंखिया में नीर भरम हो।
‘समर’ ‘आलोक’ खाली फोनवे के हमरा उ जोहत होइहे ना
सइंया मोरा कोरा के सुतवईया कि रात भर रोवत होईहे ना -2
सजन मोरा कोरा के सुतवईया

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।