बलात्कारियन का खिलाफ खड़ा निरहुआ बेरोजगार नवही के भूमिका में

Nirahuaसिनेमा भोजपुरी के जुबिली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ एगो बेरोजगार नवही के भूमिका में फिलिम ‘इज्जत’ में नजर अइहें जवन पुलिस में भरती खातिर तइयारी करे में लागल बा. ऊ अपना समाज के बुराईयन से लड़त एह फिलिम में बलातकारियन का खिलाफ आवाज बुलंद करत मजर अइहें. निरहुआ के एगो खास डायलाग सुने के मिली एह फिलिम में ‘केहु के इज्जत पर हाथ डलबऽ त मार के मुआ देब’.

निरहुआ के नायिका बाड़ी हॉट गर्ल मोनालिसा. फिलिम में निरहुआ एक से बढ़के एक एक्शन स्टंट करत नजर अइहें.

निर्माता मनोज कुमार चौधरी आ निदेशक बाली हउवें.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।