बलात्कार के शिकार लड़की पिछड़ी जाति के हिय एहसे …

यूपी सरकार के कहना बा कि बांदा जिला के ऊ नाबालिग लड़की, जवना से सामूहिक बलात्कार के आरोप एगो बसपा विधायक आ ओकरा गुर्गन पर लगावल गइल बा, दलित ना बलुक पिछड़ी जाति के हियऽ एहसे अनुसूचित जाति जनजाति आयोग एह मामिला में सरकार से जवाब ना माँग सके. मुख्यंमत्री के कहना बतावल जात बा कि आयोग के अध्यक्ष पी एल पुनिया घटिया राजनीति करत बाड़न. आरोपी विधायक पुरुषोत्तम नरेश द्विवेदी के पार्टी से निलंबित कर दिहल गइल बा. अगर ऊ दोषी साबित भइले त जेल भेजल जाई ना त फेर से पार्टी में शामिल कर लिहल जाई.

कहल जाला कि जबले सेन्ह पर ना पकड़ाव तबले चोर के चोर ना कहल जा सके!

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..