बलिया के अपहरण कांड घर से भगला के निकलल

बिल्थरा रोड से एगो लइकी के अपहरण के खबर बाद में झूठ निकलल. सोमार के साँझ लइकी के माई थाना में केस दर्ज करवली कि उनुका लइकी के कुछ लोग बोलेरो से ले भागल बा. लइकी पार्लर में काम सीखेले आ ओहिजे से लवटत रहल जब ओकर अपहरण कर लिहल गइल. रात में लइकी फोन कर के अपना घरे बतवलसि कि ओकर अपहरण हो गइल बा बाकिर जब अखबार में एह काँड से उपजल बवाल के खबर सामने आइल त लइकी अपना प्रेमी संगे मऊ थाना में हाजिर हो के कोतवाल से असल बात बता दिहलसि. मऊ पुलिस के सूचना पर बलिया पुलिस ओह दुनु के बलिया ले आइल. लइकी के ओकरा घरे भिजवा दिहल गइल जबकि लइका गिरफ्तार बा.

बतावल जात बा कि लइका के बहिन से लइकी के भाई के बिआहो तय रहल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।