बलिया के रजनीश मस्त के जलवा

rajnish-mastअइसे त बलिया अपना बागी लोग का चलते जानल जाला बाकिर अब फिलिमिओ दुनिया में बलिया के जलवा लउके लागल बा. बहुते अभिनेता, नेता, गायक, बलिया के नाम रोशन करत बाड़े. एही में बाड़ें बलिया के नगरा के लगे के डीहवा गाव से आए वाला चर्चित गायक रजनीश ‘मस्त’ जिनकर मस्ती के धूम चरम सीमा पर बा. बचपने से गाए के शौकीन रहल रजनीश के आदर्श रहले मुन्नी चतुर्वेदी आ दिनेश प्रसाद. जान जाईं कि ख़ेसारी लाल के एगो गाना “चुसता देवरा चूसता” रजनीशे के गावल गाना ” चाटऽता देवरा .चाटऽता देवरा..के तर्ज़ पर रहुवे. अब एकरा के पाइरेसी कहीं भा कुछ अउर.

रजनीश के २०० से अधिका स्टेज शो उत्तर प्रदेश आ बिहार मे हो चुकल बा. कुछेक अलबमो रिलीज भइल बाड़ी सँ जवना में “हलफ़ा मचवलू बिहार मे”, “धोई के जलेबी” आ भक्ति आल्बम ” सजल बा दरबार माई के ” आ “भोला के दरबार” शामिल बाड़ी स. रजनीश एगो फिलिम ” हमार सैया दरोगा” में अभिनयो कर चुकल बाड़े. रजनीश के कुछ अउर अलबम जल्दिए रिलीज होखीहे स आ एगो अउर फिलिम के अहम किरदार में नजर अइहे रजनीश.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।