बलिया के स्वर्ण व्यवसायी के लाश मिलल

बलिया आर्यसामाज रोड के सोना व्यापारी संजय कुमार वर्मा के पिछला हफ्ता वाराणसी से लवटत घरी गाजीपुर के सकरपुरा रेलवे क्रासिंग का लगे हत्याकर दिहल गइल आ उनका लगे से लाखो रुपिया के गहना लूट लिहल गइल. चार दिन से व्यापारी के घरवाला परेशान रहलें काहेकि संजय के कवनो पता ना लागत रहुवे. एह बीच पता लागल कि चकिया में एगो लाश मिलल बा दु जने के घवाहिल होखे के खबर बा त परिवार के लोग ओहिजा गइल आ मृतक के कपड़ा से ओकर पहचान कइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।