बलिया जिला अस्पताल के डाक्टर सोमार से हड़ताल पर

बियफे का दिने जिला अस्पताल में विद्यार्थियन के एगो झुंड आ के सीएमओ आ सीएमएस का संगे बवाल कइले आ ड्यूटी पर तैनात डाक्टर के पिटाई कर दिहलें. बतावल जात बा कि बुध का रात एगो छात्र नेता अपना रिश्तेदार के इलाज खातिर जिला अस्पताल चहुँपल त उनका मरीज के सही से इलाज ना भइल आ दवाई ना मिलल. एह से नाराज नेता अगिला दिने अपना साथियन संगे पत्रक देबे सीएमओ आफिस चहुँपलन. ओहिजा से सीएमओ डा. पीके सिंह के जबरदस्ती निकाल के इमरजेन्सी ले अइलें. सीएमओ फोन कर के सीएमएस डा. प्रभाकर पाडेय के बोलवलें आ विद्यार्थियन के झुंड से कहलें कि एह सब काम के जिम्मेदारी इनके बा. ओकरा बाद ऊ झुंड सीएमएस के घेर लिहलसि आ उनुको साथ बदसलूकी कइलसि.
सीएमएस बाद में नाराज रहलें कि जब विद्यार्थियन के झुंड सीएमओ के घेरले रहुवे त उनुका के बिना कुछ बतवले बोलवला के जरूरत का रहुवे. केहु तरह उनका के समुझा बुझा के सीएमओ का साथे मिल के केस दर्ज करावे ला तइयार कइल गइल. केस दर्ज भइला का बाद पुलिस ओह झुंड में शामिल विद्यार्थियन के धरपकड़ में लागल बिया. अलग बात बा कि जब बवाल होत रहुवे त ओहिजा मौजूद पुलिसवाले चुपचाप तमाशा देखत रहुवन.
डाक्टर लोग अब सोमार से अनिश्चितकालीन हड़ताल पर जाए के फैसला लिहले बाड़े.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।