बलिया टीडी कॉलेज के संगीत विद्यार्थी भजन संध्या मनवलें

सावन महीना के दोसरका सोमारी का दिने बलिया के बालेश्चर मंदिर में शहर के टीडी कॉलेज के संगीत विभाग के विद्यार्थी भजन संध्या के आयोजन कइलें. कार्यक्रम अधरतिया ले चलल. शुरुआत अनुभा राय के गावल भजन से भइल. डा.ममता आलोक के रचल भजन ‘शिव-शंकर भोले’ के आलोक पेश कइले. भातखंडे संगीत विद्यापीठ लखनऊ से आइल आ टीडी कालेज के पुरान छात्र सौरभ मिश्र आ नीरज निश्चलो कईएक भजन गवले. पुरनका छात्र संतोष शर्मा आ यशवंत सिंह, मनोविज्ञान विभाग के एसोसिएट प्रोफेसर डा.अनुराग भटनागर के गावल भजन लोग के मोह लिहली स. संगत देत रहलें सिंथेसाइजर पर चंद्रलोक, आक्टोपैड पर सुनील यादव, गिटार पर स्वर्णिम आलोक, तबला पर यशवंत सिंह आ ढोलक पर मृत्युंजय.

मंदिर के प्रबंधक भोला चौधरी आ मुख्य पुजारी वरमेश्वर गिरि कलाकारन के स्वागत कइले आ पुरस्कार दिहले. संयोजन संगीत विभाग के विभागाध्यक्ष डा.आलोक कुमार आ संचालन संतोष शर्मा कइले.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।