बलिया नगर विधायक पर मारपीट के आरोप

बलिया जिला पैकफेड के इंजीनियर हंदयानंद चौबे नगर विधायक नारद राय का खिलाफ थाना में शिकायत दर्ज करवले बाड़न कि विधायक उनुका से मारपीट कइलन, धमकवलन आ निर्माण कार्य में रुकावट पैदा कइलन. ओने इंजीनियर का खिलाफ सपा नेता भीम सिहं शिकायत लिखववले बाड़न कि निर्माण कार्य में गड़बड़ी कर के रुपिया गबन कइल जात बा.

जाने के बात ई बा कि जिला अस्पताल में पुरनका इमरजेंसी के तूड़ के ओहिजा एगो नया इमरजेंसी बनावल जात बा. एह पर आरएसबीवाई से चार करोड़ रुपिया के आवंटन बा. बहुत दिन से रुकल काम कुछुए दिन पहिले शुरू भइल रहुवे कि ई बवाल खड़ा हो गइल बा. विधायक नारद राय के कहना बा कि ओह जगहा पर नया इमंरजेंसी ना बना के ट्रामा सेंटर बनावल जाई आ एकरा खातिर मंजूरी मिल चुकल बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।